श्री विद्या शंकर विद्यार्थी के 1गो अउर होरी गीत (08) - फगुआ (होरी गीत) संग्रह पहल प्रतियोगिता - 2018

शिव शंकर के धमवा में फाग

शिव शंकर के धमवा में फाग, 
गऊरा भांग पिसेली..... 
रखिये भभूतिया से खेले महादेव जी 
धमवा में जुटल बाड़े रिसी मुनी देवजी

पिये पिआये भोला भांग, गऊरा..... |

भंगिया त भंगिया धतुरवो पिसाला 
खोअवा बरफिया में मन से मिसाला 
होली के कढ़ावल जाला राग, गऊरा..... |

भोला बाबा नाचेलन डमरूआ बजावेलन
संगे  संगे रिसी  मुनी  मस्ती  में गावेलन
मचल कैलाश पर बा फाग, गऊरा..... |

चल$ता बेअरिया मच$लता बेयरिया    
भूत बैतलवा मार$ता सिसिकरिया
बिहँसेली हो गऊरा बेलाग, गऊरा...... |

विद्या शंकर विद्यार्थी 
C/0  डॉ0 नन्द किशोर तिवारी                      
निराला साहित्य मंदिर बिजली शहीद सासाराम जि - रोहतास (बिहार) 
पिन 821115 

टिप्पणियाँ

इस ब्लॉग से लोकप्रिय पोस्ट

24. जगदीश खेतान जी के दुगो कबिता (45, 46) - माईभाखा कबितई प्रतियोगिता

श्री आशुतोष पाण्डेय उर्फ आशु बाबा के 1गो होरी गीत (10) - फगुआ (होरी गीत) संग्रह पहल प्रतियोगिता - 2018

सुश्री निशा राय जी के 2गो होरी गीत (13, 14) - फगुआ (होरी गीत) संग्रह पहल प्रतियोगिता - 2018