संदेश

मार्च, 2018 की पोस्ट दिखाई जा रही हैं

श्री धर्मदेव चौहानजी के कुछ अउर जोगीर्रा - जोगीर्रा सरSSररSS पहल प्रतियोगिता - 2018

चित्र
झाड़ू बाजे , बेलन बाजे और बाजे मृदंग। जबसे चढ़ल फ़ागुन रोज कुटाला भसुर संघ। जोगिरा सारा रा रा र ……..    कजरी , मोदी , राहुल देखनी अउर देखनी सहत्तर।        राजनीति में आके सभे बनी जाला बनच्चर। जोगिरा सारा रा रा र …….. के कटेला चना चबैना , के चाँपे रसगुल्ला।        के मारेला बेलन , के नाचेला खुल्लम खुल्ला। जोगिरा सारा रा रा र ………   भईया काटें चना चबैना , भउजी रसगुल्ला।        भवही मारे बेलन , भसुर नाचें खुल्लम खुल्ला। जोगिरा सारा रा रा र ………..    मोदी बनिहें पीएम मिली भोजपुरी के दर्जा।        कहिके चच्चा भूली गईलें हैं कहिया उत्तरी कर्जा। जोगिरा सारा रा रा र ………..     भोजपुरी के मिली मान्यता गईहें छम्मक छल्लो।        असम वाली भउजी कहीहें चल्लो दिल्ली चल्लो। जोगिरा सारा रा रा र ……..       केकर बाटे हरियर कुर्ता , केकर बाटे लाल। के पहिरेला सुट - सफारी , के भईल कंगाल। जोगिरा सारा रा रा र ………       पप्पू जी के हरियर कुर्ता , योगी जी के लाल।        साहब पहिरें सुट - सफारी , जनता भईल कंगाल। जोगिरा सारा रा रा र ………       गरीबन