श्री लाल बिहारी लाल के 1गो होरी गीत (06) - फगुआ (होरी गीत) संग्रह पहल प्रतियोगिता - 2018

भांग खाके भउजी पगला गइली

भांग खाके भउइजी पगला गइली
देख देवरे पर अब त लुभा गइली

फागुन के रंग में गइल बारी रंगाई
करे ना असर अब कवनो दवाई
देख लोक लाज सब ई भुला गइली
देख देवरे पर अब.........

पोरे-पोरे रंग में रंगाइल बा देहिया
ससुर भसुर से अब लगावेली नेहिया
देख केतना से नेहिया लगा गइली
देख देवरे पर अब...........

गतर-गतर रंग डलिहे जब सजानवा
तब जाके भरी भउजी के ई मानवा
देवरा लाल बिहारी पर लुभा गइली
देख देवरे पर अब...........

लाल बिहारी लाल
ग्राम +पो.सोनहो बाजार, छपरा
बिहार- 841460
फोन- 07042663073 (दिल्ली)

टिप्पणियाँ

इस ब्लॉग से लोकप्रिय पोस्ट

24. जगदीश खेतान जी के दुगो कबिता (45, 46) - माईभाखा कबितई प्रतियोगिता

श्री धर्मदेव चौहानजी के कुछ अउर जोगीर्रा - जोगीर्रा सरSSररSS पहल प्रतियोगिता - 2018

सुश्री निशा राय जी के 2गो होरी गीत (13, 14) - फगुआ (होरी गीत) संग्रह पहल प्रतियोगिता - 2018