श्री आशुतोष पाण्डेय उर्फ आशु बाबा के 1गो होरी गीत (10) - फगुआ (होरी गीत) संग्रह पहल प्रतियोगिता - 2018

माथवा प लेके सँवरु रंग के गगरिया...

माथवा प लेके सँवरु रंग के गगरिया हम कईसे के आईं ना, 
सोझा बाटे मजबूरिया हम कईसे के आईं ना।
सुना हो ईयार याद तोहर बाडा आवेला,मनवा हमार हहर हहर रही जावेला।
मिले खाती आई जा ना गली के कगरिया,हम कईसे के आईं ना.......।टेक।
कवनो जतन हमरा कामे ना आवता,पापा माई भाई सब अँखिया देखावता,छोटका भईयावा बाटे हमारा पंजरिया,हम कईसै आईं ना..........।टेक।
सुत सब जाई तब मिले हम आईब,आशु बाबा बहरी से कुंडी लगाईब।
साजी के प्रशांत रखिह देशी पिचकरिया,हम कईसे आईं ना...........।टेक।


-श्री आशुतोष पाण्डेय उर्फ आशु बाबा 

टिप्पणियाँ

एक टिप्पणी भेजें

इस ब्लॉग से लोकप्रिय पोस्ट

24. जगदीश खेतान जी के दुगो कबिता (45, 46) - माईभाखा कबितई प्रतियोगिता

सुश्री निशा राय जी के 2गो होरी गीत (13, 14) - फगुआ (होरी गीत) संग्रह पहल प्रतियोगिता - 2018