श्री धर्मदेव चौहानजी के जोगीर्रा (2,3,4,5) - जोगीर्रा सरSSररSS पहल प्रतियोगिता - 2018

1- साहब तोहरा देश में भूखा बा इंसान l
 MDM के खिचड़ी खाके फुल गइल परधान l
जोगीर्रा सा रा रा रा ..........

2- बुआ जी के पाड़ा सनकल, पप्पू कसे लंगोट l
 भइया पड़ि गये गदहा पीछे, भऊजी मांगें वोट l
जोगीर्रा सा रा रा रा ..........

3- के मांगेला चना- चबैना , के मांगे मिठाई l
 केकरा चाहीं काम के सरियत ,केकरा मुंह देखाई l
जोगीर्रा सा रा रा रा .............

जनता मांगें चना -चबैना कारकर्ता मिठाई l
 भईया मांगें काम के सरियत, भऊजी मुंह देखाई l
जोगीर्रा सा रा रा रा ..........

4- जे जीती ऊ चानी काटी, जे हारी उ तिरकोल l
 कारकर्ता लोग भंटा बोईहें, जनता छिली ओल l
जोगीर्रा सा रा रा रा ..........

5- के लूटावे सोना चानी, के भइल कंगाल l
 के पहिरेला सूट-सोफारी, केकर बा भौकाल l
जोगीर्रा सा रा रा रा ..........

बुआ लुटावें सोना चानी, पपुआ भइल कंगालl 
 साहब पहीरें सूट सफारी, भक्ततन के भौकाल l
जोगीर्रा सा रा रा रा ..........

धर्मदेव चौहान

टिप्पणियाँ

इस ब्लॉग से लोकप्रिय पोस्ट

24. जगदीश खेतान जी के दुगो कबिता (45, 46) - माईभाखा कबितई प्रतियोगिता

श्री आशुतोष पाण्डेय उर्फ आशु बाबा के 1गो होरी गीत (10) - फगुआ (होरी गीत) संग्रह पहल प्रतियोगिता - 2018

सुश्री निशा राय जी के 2गो होरी गीत (13, 14) - फगुआ (होरी गीत) संग्रह पहल प्रतियोगिता - 2018