श्री अजय भारती गोस्वामी के 1गो होरी गीत (04) - फगुआ (होरी गीत) संग्रह पहल प्रतियोगिता - 2018

फगुनी बेयरिया...

उनकी देहियाँ से खुसबू, चोरा के चोरनी
बहल फगुनी बेयरिया, सतावे मोहनी

कमरा झुराइ गईलें , सूखलीं रजइया
चादरा से काम चले, सांझे-बिहनईया
नाचे खेतवा में ...फसलिया के मोरनी
उनकी देहियाँ से खुसबू चोरा के चोरनी ....

बरिया के आमवा, हमार बऊरईलें
फुलवा की खूसबू से मन हरिअईलें,
रतिया भर राखे ई, जगा के बैरनी
उनकी देहियाँ से खुसबू, चोरा के चोरनी ....

सड़िया पुरान भइल, फाटि गईल चोलिया
कसल बेलऊँजिया में, खेलब कईसे होलिया
के लेआई नवकी, झीनदार ओढ़नी
उनकी देहियाँ से खुसबू, चोरा के चोरनी ....

काहे भेजलीं कमाए, अब तक ऊ न आए
हमके दिनवा न भावे, अउरी रतिया सतावे,
आम्मा जी से ओरहनिया, लगा के जोरनी
उनकी देहियाँ से खुसबू, चोरा के चोरनी ....

बहल फगुनी बेयरिया, सतावे मोहनी
उनकी देहियाँ से खुसबू, चोरा के चोरनी .... 



अजय भारती गोस्वामी

टिप्पणियाँ

इस ब्लॉग से लोकप्रिय पोस्ट

24. जगदीश खेतान जी के दुगो कबिता (45, 46) - माईभाखा कबितई प्रतियोगिता

श्री आशुतोष पाण्डेय उर्फ आशु बाबा के 1गो होरी गीत (10) - फगुआ (होरी गीत) संग्रह पहल प्रतियोगिता - 2018

सुश्री निशा राय जी के 2गो होरी गीत (13, 14) - फगुआ (होरी गीत) संग्रह पहल प्रतियोगिता - 2018