श्री कन्हैया प्रसाद रसिक जी के 1गो अउर होरी गीत (16) - फगुआ (होरी गीत) संग्रह पहल प्रतियोगिता - 2018

डँसले बा करिया नाग ए सखी फागुन में ।।

डँसले बा करिया नाग ए सखी फागुन में ।।

पियवा जे रहिते तs बैदा बोलइते
गोदिया उठाके लहर उतरइते
देवरा भइल बाटे साग ए सखी फागुन में ।।
डँसले बा करिया नाग ए सखी फागुन में ।।

होली के लहरा सब कोई गावे
मारे दरद के कुछ नाहीं भावे
बाउर बा जोगिरा के राग ए सखी फागुन में ।।


डँसले बा करिया नाग ए सखी फागुन में ।।

मन बउराइल बा डेग डगमगाता 
चढ़ेला लहरिया त तन छटपटाता 
कइसे मनाइब अब फाग ए सखी फागुन में ।।
डँसले बा करिया नाग ए सखी फागुन में ।।



कन्हैया प्रसाद रसिक 

परिचय:-
नाम- कन्हैया प्रसाद रसिक
ग्राम- हथडीहाँ , 
पोस्ट- सकरी रामनगर ( हसन बाजार)
जिला- रोहतास ( बिहार )
भूतपूर्व वायु सैनिक ( वारंट अफिसर )
कृति-  पथिक-पाथेय और ऊँ भ्रष्टाचाराय नम: ( हिन्दी में काव्य संग्रह )
मोबाइल नं. - 8867651348

टिप्पणियाँ

एक टिप्पणी भेजें

इस ब्लॉग से लोकप्रिय पोस्ट

माईभाखा कहानी लेखन प्रतियोगिता-1 के परिनाम घोसित

अब कवितई (कविता प्रतियोगिता) के भाँजा

श्री विद्या शंकर विद्यार्थी जी के 1गो अउर होरी गीत (15) - फगुआ (होरी गीत) संग्रह पहल प्रतियोगिता - 2018