1. लागत बा दहेज अब........ दुलहिन बनि के अइनी पापा, रहि बिरहिन बनि के माई, लागताs दहेज अब हमरा के खाई, लागताs दहेज अब हमरा के खाई, चार दिन से भुखाइल भइया,पानी बिना हूटकी, पापी कसाइयन से बचाव चाचा कर कुछ चटकी, ससुई के चाल हमरा लागता भयावन, एकहगो बात के दे तिया धिरावन, कहियो ना कहियो देख लागता हमके जराई, लागता दहेज अब हमरा के खाई, लागता दहेज अब हमरा के खाई, ससुरा छीन लेले बा सब गहना गुरिया, हर बतिये में देवरा ताने गरदन पर छुरिया, जब मन करे ननदी झोटा ध के मारे, बचा ल हो बाबा बानी मउगत के दुआरे, जनम के साथी बलमुआ बनल बा कसाई, लगता दहेज अब हमरा के खाइ, लागता दहेज अब हमरा के खाई, दुलहिन बन के अइनी पापा, रहि बिरहिन बनि के माई, लागत बा दहेज अब हमरा के खाई, लागत दहेज अब हमरा के खाई, 2. रऊरा बानी परदेस पिया..... राऊरा बानी परदेस पिया ऐइजा चांद निकलल बा, कहिया से मुरझाईल चेहरा, आज हमार खिलल बा, राऊरा बानी परदेस प...
टिप्पणियाँ
एक टिप्पणी भेजें