फगुआ (होरी गीत) संग्रह पहल प्रतियोगिता - 2018 के परिनाम
फगुआ (होरी गीत) संग्रह पहल प्रतियोगिता - 2018 के परिनाम रउआँ सब की सोझा राखत मन बहुते प्रसन्न बा। सबसे पहिले त हम ओ रचनाकार लोगन के सादर नमन करतानीं जे अपनी माईभाखा में लिखेला, ओकरी साथे-साथे ओ सब लोगन के, जे सकारात्मक रूप से माईभाखा के कवनो न कवनो तरे समरिध कइले में लागल बा। अरे एतने ना, सही तरे देखीं त सबसे अधिका धन्यवाद के पात्र त पाठक महानुभाव लोग बा, जे समय निकाली के रचचन के पढ़ेला।
आज माईभाखा भोजपुरी कवनो परिचय के मोहताज नइखे। एकर डंका देस का विदेसन में भी बज रहल बा। इ पूरा तरे बैग्यानिकता पर खरा उतरत हर जगहि आपन मिठऊ अउर सरल छाप छोड़ रहल बिया। अभोजपुरिया भी एकर होत चलि जाता लोग। दिन-दिन एकर दायरा बढ़त चलि जाता, इ समरिध होत चलि जा तिया पर हँ, इ हो बात सही बा की अपनी कुछ लोगन की चलते इ तनि उपेछित भी बिया..... एकरा अबहिन जहाँ रहे के चाहीं, उहां पहुँच नइखे पवले। खैर,
माइयो भाखा के अच्छा दिन आई, भोजपुरिया लोग दिल खोलि के एकर गुनगान गाई।
आपन बात- सबसे पहिले त हम 15गो मान्यवर कबिजी/गीतकार (जे आपन कबिता/गीत भेजले रहल ह) लोगन के नमन करतानीं अउर हिरदय से आभार वेयक्त करतानीं। अगर इहाँ सब आपन कबिता/गीत ना भेजले रहतिजाँ त इ परयास अधूरा के अधूरे रहि जाइत अउर साथे-साथे हमनियोजान की उत्साह में कमी आइत। सादर आभार आप सबके।
ए निर्नय के निर्यायक मंडली के निर्नय ना कहि के ए के ओ लोगन के विचार कहल जा सकेला। दरअसल निर्नायक मंडली के हर सदस्य ए गीतन के बार-बार पढ़ि के एगो पाठक की तरे आपन विचार रखले बा। त इ सब भी बधाई अउर अभिनंदन के पात्र बा।
त निर्यायक मंडली के विचार रउओं देख लीं-
2. सम्माननीया निशा राय जी - दूसरा
3. सम्माननीय दिलीप कुमार पैलाणी जी - तीसरा
त ए सब बिजेता महानुभावन की साथे-साथे आपन रचना भेजि के ए पहल के सफल बनावे वाला हर माननीय कबि के सादर नमन। एगो अउर बात- पहिला (700), दूसरा (600), तीसरा पुरस्कार (500)... इ तीनू पुरस्कार राशि भोजपुरी नगरिया की ओर से। जीतल प्रतिभागी लोगीं से सादर अनुरोध बा की आपन बैंक खाता नं. अउर नाम आदि prabhakargopalpuriya@gmail.com पर मेल क दीं जां, ताकि इ धनरासि रउआँ सब की खाता में हस्तांतरित क देहल जाव। हर्फ मीडिया की संचालक श्री जलज मिश्राजी से अनुरोध करबि की बिजेता महानुभाव लोगन के परमान-पत्र दिया जाई त अच्छा रही। :)
जल्दिए आ रहल बा- माईभाखा समरिधी के ले के एगो अउर नया पहल........
सादर अभिनंदन अउर बधाई।
टिप्पणियाँ
एक टिप्पणी भेजें