श्री धर्मदेव चौहानजी के कुछ अउर जोगीर्रा - जोगीर्रा सरSSररSS पहल प्रतियोगिता - 2018


झाड़ू बाजे, बेलन बाजे और बाजे मृदंग।
जबसे चढ़ल फ़ागुन रोज कुटाला भसुर संघ।
जोगिरा सारा रा रा र……..

  कजरी, मोदी, राहुल देखनी अउर देखनी सहत्तर।
       राजनीति में आके सभे बनी जाला बनच्चर।
जोगिरा सारा रा रा र……..

के कटेला चना चबैना,के चाँपे रसगुल्ला।
       के मारेला बेलन, के नाचेला खुल्लम खुल्ला।
जोगिरा सारा रा रा र………

 भईया काटें चना चबैना, भउजी रसगुल्ला।
       भवही मारे बेलन, भसुर नाचें खुल्लम खुल्ला।
जोगिरा सारा रा रा र………..

  मोदी बनिहें पीएम मिली भोजपुरी के दर्जा।
       कहिके चच्चा भूली गईलें हैं कहिया उत्तरी कर्जा।
जोगिरा सारा रा रा र………..

   भोजपुरी के मिली मान्यता गईहें छम्मक छल्लो।
       असम वाली भउजी कहीहें चल्लो दिल्ली चल्लो।
जोगिरा सारा रा रा र……..

     केकर बाटे हरियर कुर्ता, केकर बाटे लाल।
के पहिरेला सुट- सफारी, के भईल कंगाल।
जोगिरा सारा रा रा र………

     पप्पू जी के हरियर कुर्ता, योगी जी के लाल।
       साहब पहिरें सुट-सफारी, जनता भईल कंगाल।
जोगिरा सारा रा रा र………
     गरीबन के खाता से रोजे डेढ़ सौ रुपया काटs
       बैंक लूट के नीरव भागा, आधार लेके चाटs
जोगिरा सारा रा रा र…….


      धर्मदेव चौहान




टिप्पणियाँ

इस ब्लॉग से लोकप्रिय पोस्ट

24. जगदीश खेतान जी के दुगो कबिता (45, 46) - माईभाखा कबितई प्रतियोगिता

श्री आशुतोष पाण्डेय उर्फ आशु बाबा के 1गो होरी गीत (10) - फगुआ (होरी गीत) संग्रह पहल प्रतियोगिता - 2018

सुश्री निशा राय जी के 2गो होरी गीत (13, 14) - फगुआ (होरी गीत) संग्रह पहल प्रतियोगिता - 2018