40. आनंद बिहारी जी के 2गो कबिता (गीत) (79, 80) - माईभाखा कबितई प्रतियोगिता

*1*
जाति, धरम आ क्षेत्रवाद के टुकड़ा में ना बाटीं
ए नेताजी! देशवा के दीमक नियन ना चाटीं...

पास-पड़ोसी सभ लोगन में प्रेम-प्यार रह जाए दीं
घीव-मलाई भले मिले ना दाल-रोटी तs खाए दीं
देश के चंदन के पेड़न में, विषधरण के ना साटीं...

कइसन राज बा कइसन नीति खाई रोजे बढ़ेला
गरीब के गठरी खाली होता अमीरन के बढ़ेला
कड़ी के कमजोर करीं ना, ना डपटीं आ ना डांटीं...

केरल से कश्मीर तक, लहू से माटी सींचल बाटे
बाकिर लहू जे दिहलस ओकरा खातिर का बाटे
सुभाष-भगत-आज़ाद-कुअँर-गांधी-पटेल के हs थाती...



*2*

कबो अंगना, कबो दुअरा-बथानी ईयाद आवेला
जबसे घर छूटल, घर के निशानी ईयाद आवेला...

उहे बाबूजी के पगड़ी, उहे माई के अंचरा
उहे नटखट बहिनीया, उहे भउजी के गजरा
उ बाबा-इया के सुनावल कहानी ईयाद आवेला...

उहे अमिया के बगिया, उहे पीपल के छइयां
उहे मटकी के पनिया, उहे कुल्हड़ के चइया
उहे माटी, उहे खुशबू सुहानी ईयाद आवेला...

उहे नदिया, उहे नइया, उहे गउंआ, उहे बचपन
उहे मेला, उहे खेला, उहे हित-मीत सब निमन
उहे सब गांव के बचपन-जवानी ईयाद आवेला...



राउर आपन

आनंद बिहारी
(आनंद कुमार तिवारी)
स्थायी पता- सोंधानी, जिला- सिवान, (बिहार) - 841 408
पत्राचार- SBI, SCO-35, फेज-1(सेक्टर-55), मोहाली-160055
चलभाष/Whatsapp: 9878115857

पिता का नाम: श्री भरत तिवारी
FB/Tweeter/Youtube: @anandbiharilive
शिक्षा: स्नातक (सम्मान)
सम्प्रति: भारतीय स्टेट बैंक में प्रबंधक
प्रकाशन: रचनाएँ पहचान मासिक, रूप की शोभा मासिक, शुभ तारिका मासिक, स्टेट बैंक की गृह पत्रिका शिखर, अमृतवर्षा सांध्य दैनिक, आर्यावर्त दैनिक, आज दैनिक आदि कई पत्र-पत्रिकाओं में प्रकाशित 
ऑनलाइन प्रकाशन: sahityapedia.comBhojpuriSewaManch.com,  kavyasagar.com, कविता वीथी एवं "ग़ज़लों की दुनिया" में प्रकाशित
सम्मान: "काव्यश्री-2016"
आगामी प्रोजेक्ट: काव्य संग्रह (हिंदी), स्तरीय भोजपुरी म्यूजिक एल्बम

टिप्पणियाँ

इस ब्लॉग से लोकप्रिय पोस्ट

24. जगदीश खेतान जी के दुगो कबिता (45, 46) - माईभाखा कबितई प्रतियोगिता

श्री धर्मदेव चौहानजी के कुछ अउर जोगीर्रा - जोगीर्रा सरSSररSS पहल प्रतियोगिता - 2018

सुश्री निशा राय जी के 2गो होरी गीत (13, 14) - फगुआ (होरी गीत) संग्रह पहल प्रतियोगिता - 2018