25. सतीश मापतपुरी जी के 3गो कबिता (47, 48, 49) - माईभाखा कबितई प्रतियोगिता

1. देसवा सोन के चिरइयाँ

देसवा सोन के चिरइयाँ एकर मान रखिहऽ .
कवनो आवे ना बहेलिया धियान रखिहऽ .
 पंजरा ना सटे दुसमन दुर तक खदेड़ीहऽ .
हाथ जे उठावे ओकर पँखुरा कबरीहऽ .
देस बदे मुट्ठी में परान रखिहऽ .
कवनो आवे ना बहेलिया धियान रखिहऽ .
आँख जे तरेरे ओकर ढेंढ़र नीकलिहऽ .
करे जे गद्दारी देस से चिउंटी जस मसलिहऽ .
मन में जय जवान - जय किसान रखिहऽ .
कवनो आवे ना बहेलिया धियान रखिहऽ .
देस आपन आबरू ह देस आपन सान ह .
देस गुरुग्रंथ, गीता , बाइबिल , कुरान ह .
संख के अवाज में अजान रखिहऽ .
कवनो आवे ना बहेलिया धियान रखिहऽ .
देसवा सोन के चिरइयाँ एकर मान रखिहऽ .

2. इ सुरतिया के अंखिया से देखल करीं

 इ सुरतिया के अंखिया से देखल करीं .
इ नज़र में बसाइब त का फ़ायदा .
हमरी बतिया से छतिया जुडावल करीं .
इ करेजा लगाइब त का फायदा .
रउवा होंठवा के हरदम हँसी ही मिले .
बस खुसी ही सनम हर कदम पे मिले .
हमरा दिल पे सदा राज रउरे रही .
ताज हमके बनाइब त का फायदा.
छुट गइल साथ बात सब बिसर भी गइल.
लोर भुइयां गिरल गिर के जम भी गइल .
हमार जियरा जरल दूर से देख लीं .
हाथ आपन जराइब त का फ़ायदा.


3. 
देखिलs बिधाता कईसन आइल भुचाल बा 


देखिलs बिधाता कईसन आइल भुचाल बा .
अदिमी के नगरी में अदिमी बेहाल बा .
राम के जमीन पे कन्हैया के देस में .
गाँव -गाँव शकुनी घुमेला कई भेस में .
तकला पे चारो ओर ईमान के अकाल बा .
अदिमी के नगरी में अदिमी बेहाल बा .
काहे के दईबा अइसन दुनिया बसवल .
का सोच दुनिया में अदिमी बनवल .
मुट्ठी भर आबरू भी एहिजा मोहाल बा .
अदिमी के नगरी में अदिमी बेहाल बा .
कब ले भरी ये साईं पाप के गगरी .
कब ले कफ़न बनी नईहर के चुनरी .
रात कईसन होखी जब दिन के ई हाल बा .
अदिमी के नगरी में अदिमी बेहाल बा .


 --- सतीश मापतपुरी

टिप्पणियाँ

इस ब्लॉग से लोकप्रिय पोस्ट

24. जगदीश खेतान जी के दुगो कबिता (45, 46) - माईभाखा कबितई प्रतियोगिता

श्री धर्मदेव चौहानजी के कुछ अउर जोगीर्रा - जोगीर्रा सरSSररSS पहल प्रतियोगिता - 2018

सुश्री निशा राय जी के 2गो होरी गीत (13, 14) - फगुआ (होरी गीत) संग्रह पहल प्रतियोगिता - 2018